Nothing Special   »   [go: up one dir, main page]

Jump to content

टेम्पलेट:हप्ता के फोटो/हप्ता 12/2020

विकिपीडिया से
हप्ता के फोटो
यलोस्टोन नेशनल पार्क

यलोस्टोन नेशनल पार्क अमेरिका में एगो नेशनल पार्क बाटे जे मुख्य रूप से वूमिंग राज्य में स्थित बा जबकि एकर कुछ हिस्सा मोंटाना आ इडाहो राज्यन में पड़े ला। एकर अस्थापना अमेरिकी कांग्रेस द्वारा भइल रहे आ राष्टपति उलिसस ग्रांट 1 मार्च 1872 के एकरे खाती बनल कानून पर दसखत कइलेन। यलोस्टोन नेशनल पार्क अमेरिका के पहिला नेशनल पार्क हवे आ बहुत लोग एकरा के दुनिया के पहिला नेशनल पार्को माने ला। मुख्य रूप से ई इहाँ पावल जाए वाला जंगली जिया-जंतु खाती आ एह इलाका में मिले वाला भूमितापीय चीजन खाती जानल जाला जिनाहना में सभसे परसिद्ध ओल्ड फेथफुल गीजर बाटे। एह पार्क में कई किसिम के इकोसिस्टम मिले लें हालाँकि सभसे बेसी उपअल्पाइन बन वाला इलाका बाटे। ई पार्क दक्खिनी मध्य राकी पर्वत बन इकोक्षेत्र में पड़े ला। 1978 में यूनेस्को एकरा के बिस्व धरोहर स्थल के दर्जा दिहलस।

देखावल गइल फोटो एक किसिम के पैनोरमिक नक्शा हवे जेकरा के 1991 में ऑस्ट्रिया के पेंटर आ कार्टोग्राफर हेनरिक सी. बेरान द्वारा बनावल गइल।

नक्शा: हेनरिक सी. बेरान
पुरालेखअउरी बीछल फोटो...