करवा चौथ
Appearance
करवा चौथ | |
---|---|
अन्य नाँव | करवा चउथ, करकचतुर्थी |
मनावे वाला | एह्वातिन औरत लोग, कबो काल्ह बिना बियहलो लड़िकी लोगन द्वारा[1] |
प्रकार | हिंदू धर्म |
मनावे के तरीका | पूजा |
Observances | एहवाती औरतन द्वारा निर्जला ब्रत, कथा आ पूजा |
समय | मास (महिन्ना) (अमांत) / मास (महिन्ना) (पूर्णिमांत), पक्ष (पाख), तिथि (तिथी) |
2023 तारीख | 1 नवंबर (बुध) |
करवा चौथ (संस्कृत: करक चतुर्थी) एगो हिंदू तेहवार ह जे पच्छिमी आ उत्तरी भारत में औरत लोग अपना पति खातिर बरत राख के आ पूजा क के मनावे ला। ई कातिक महीना के अन्हरिया पाख के चउथ तिथी के मनावल जाला। औरत लोग एह दौरान सुरुज उगे से ले के चंद्रमा के उगे तक ले निर्जला ब्रत रहे ला आ साँझ बेर चंद्रमा के पूजा क के, कथा बाँच के आ चंद्रमा के दर्शन क के ब्रत तूरे ला।
ई तिहुआर, बाकी बहुत सारा हिंदू तिहुआर सभ मतिन, चंद्र-सुरुज आधारित कलेंडर के तिथि के हिसाब से पड़े ला। कातिक महीना के अन्हार पाख के चउथ तिथि के मनावल जाला जे अंग्रेजी कलेंडर के हिसाब से घसकत रहे ला आ आमतौर प अक्टूबर चाहे नवंबर के महिन्ना में पड़े ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Sohindar Singh Waṇajara Bedi (1971), Folklore of the Punjab, National Book Trust,
... Sometimes even unmarried girls observe this fast and pray for their wife-to-be ...